अइले यशोदा के ललनवा

अइले यशोदा के ललनवा बजनवा बाजे,
बरहो बजनवा बाजे बरहो बजनवा बाजे,
अइले यशोदा...........

ननद जी लूटावे सोना चांदनी अन धनवा हो,
यशोदा के अँचरा मे सारा जान वा हो,
झूमे नाचे धरती असमनवा  बजनवा बाजे,
अगले यशोदा.............

सोने के पलनवा रेशम के डोरिया हो,
चँनदवा के ज्योति लागे चँदवा चकोरिया हो,
गह गह करेला अंगना वा बजनवा बाजे,
अइले यशोदा.........

गइया बछरूया झूमे यमूना के पनीया हो,
बड़ा भाग गोकुला मे धइले चलनीया हो,
बिजय गाबेला हो भजनीया बजनवा बाजे,
श्रेणी
download bhajan lyrics (826 downloads)