जुग जुग जियसु ललनवा

जुग जुग जियसु ललनवा,
भवनवां के भाग्य जागल हो,
ललना लाल होई हैं,
कुलवा के दीपक,
मनवा में आस लागल हो॥

आजु के दिनवां सुहावन,
रतिया लुभावन हो,
ललना दिदिया के होरिलवा जन्में ले हो,
होरिलवा बड़ा सुन्दर हो,
हो ललना दिदिया के होरिलवा जन्में ले हो,
होरिलवा बड़ा सुन्दर हो।

नकिया त हवे जैसे बाबुजी के,
अंखिया ह माई के हो,
ललन मुहवाह,
चनवा सुरुजवात
सगरो अन्जोर भइले हो,
हो ललन मुहवाह,
चनवा सुरुजवात,
सगरो अन्जोर भइले हो,
जुग जुग जियसु ललनवा......

सासु सुहागिन बड भागिन,
अन धन लुटावेली हो,
ललना दुअरा पे बाजेला बधइया,
अन्गनवा उठे सोहर हो,
हो ललना दुअरा पे बाजेला बधइया,
अन्गनवा उठे सोहर हो।

नाची नाची गावेली बहिनिया,
ललन के खेलावेली हो,
ललना हंसी हंसी टिहुकी चलावेली,
रस बरसावेली हो,
हो ललना हंसी हंसी टिहुकी चलावेली,
रस बरसावेली हो,
जुग जुग जियसु ललनवा......
श्रेणी
download bhajan lyrics (376 downloads)