अइसन मनोहर मंगल मूरत

अइसन मनोहर मंगल मूरत सुहावन सुंदर सूरत हो
ये राजाजी ये करे ता रहलबा जरूरत मुहूरत खूबसूरत हो

हमारा जनात बबुआ जी एम होईहैं ना ना ललना डी एम होईहैं हो
ये ललना 3 हिंद के सितारा इ ता सी एम होईहैं ओसे उपरा पीएम होईहैं हो
होईहैं वाईस चांसलर यूनिवर्सिटी के मेयर लंदन सिटी के नु हो
ये ललना3 होम सेकेट्री गौरमेंट्री के ता हीरा अपना मिट्टी के नु हो

बबुआ हमार महाराज होईहैं राजाधिराज होईहैं हो
ये ललना धातु में  हीरा पुखराज होईहैं  सिरवा के ताज होईहैं हो
मुनिबाबा अइसन ज्ञानी  होईहैं राजाजी अइसन दानी होईहैं हो
ये ललना अखिल भूमंडल राजधानी होईहैं ता प्रेयस खानदानी होईहैं हो
श्रेणी
download bhajan lyrics (922 downloads)